राम
राम, श्रीराम चाहे रामचंद्र एगो भारतीय देवता हवें जिनके हिंदू लोग विष्णु के सातवाँ अवतार माने ला; वाल्मीकि के महाकाव्य आ हिंदू धर्मग्रंथ रामायण आ तुलसीदास के काव्य रामचरितमानस में इनके कथा प्रमुख रूप से बर्णित बा आ अउरी कई गो रामकथा सभ के ई मुख्य पात्र बाड़ें। वैष्णव शाखा इनके विष्णु के अवतार माने ला[2] आ रामभक्ति शाखा में इनका के सभसे ऊँच देवता भा साक्षात ईश्वर (भगवान) के रूप मानल जाला।
राम | |
|---|---|
| बाल वनिता महिला आश्रम राम एगो हिंदू देवता हवें, बिबिध रूप में इनके निरूपण भइल बा | |
| संबंधित बाड़े | विष्णु के सातवाँ अवतार, देव |
| धाम | बैकुंठ, अजोध्या |
| हथियार | तीर-धनुष |
| ग्रंथ | रामायण, रामचरितमानस |
| तिहुआर | रामनवमी, दिपावली, दशहरा |
| Personal information | |
| जनम | अयोध्या, कोसल (वर्तमान में उत्तर प्रदेश) |
| Consort | सीता[1] |
| संतान | लव (बेटा) कुश (बेटा) |
| माई-बाबूजी | दशरथ (पिता)[1] कोसिला (महतारी)[1] कैकेयी (मयभा) सुमित्रा (मयभा) |
| सहोदर | लक्ष्मण (भाई) भरत (भाई) शत्रुघन (भाई) |
| बंस | रघुवंश, इच्छ्वाकुवंश, सूर्यवंश |
कथा अनुसार राम कोसल प्रदेश के राजा दशरथ, जिनके राजधानी अजोध्या रहल, के चार गो में से जेठ बेटा रहलें आ रानी कौशल्या के गरभ से पैदा भइल रहलें जबकि बाकी भाई लोग लक्ष्मण, भरत आ शत्रुघन रहल। राम के बियाह जनक के बेटी सीता से भइल। एकरे बाद के घटनाक्रम में राम के बनवास, सीता के रावण द्वारा हरण, सीता के खोज आ रावण से जुद्ध के बाद लंका पर बिजय पा के वापस अजोध्या लवटे; सीता के अग्निपरीक्षा आ त्याग इत्यादि रामकथा के मुख्य घटना हईं। कथा में राम के धर्म आ सामाजिक ज़िम्मेदारी निभावे वाला आदर्श ब्यक्ति के रूप में चित्रित कइल गइल बा।
नोटसंपादन
- ↑ 1.0 1.1 1.2 James G. Lochtefeld 2002, p. 555.
- ↑ James G. Lochtefeld 2002, pp. 72–73.
संदर्भसंपादन
- James G. Lochtefeld (2002). The Illustrated Encyclopedia of Hinduism: N-Z. The Rosen Publishing Group. ISBN 0-8239-2287-1.
| ई हिंदू धर्म लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
टिप्पणियाँ